Posts

Showing posts from 2020

गुड्डू के बाबूजी का जबाब

प्रिय गुड्डू के माई                        तोहार चिट्ठी मिलल पढ़ के बड़ा खुशी मिलल की सब केव घरे खुश और ठीक बा हमहू इहवा पे ठीकय बाटी तू त बड़ा नराज लागत बाटू हमरे उपर लेकिन तूहू इ जान ल कि दुनिया में अगर केहू के हम अपने जान से ज्यादा जान मानी ला त उ तोहई बाटू हो तू इ कइसे सोच लिहू कि हम तोहके घरवे प्यार करिला. तू इ जान ल कि इहवा पे हम कईसे रहत बाटी उ त हमार जियरय जानत बा. अगर हमार बस रहत त हम कबहु तोहके छोड़ के एतना दूरी आइत हो. उ त का बा कि सबके जिनगी में इ सब अइब करत ह त हमरव और तोहरव जीनगी में बा त आदमी के जीवन जब उ भगवान जी देहले बाटेन त कब तक घरे बइठले चली हो. अउर एक बात बातावा अबही त बड़ा कहत बाटू कि इहवे् प्यार करेला उहवा भूला जाएला त अगर हम घरवे तोहका प्यार करब तब तोहार इ सड़िया और तोहरे लाल के सइकिलावा कइसे आई तनि बातावा त                    उहवा पर माई और बाबू जी के खूब ख्याल करिहा इ ना कि हम ना बाटी घरे त तू उनका ख्याल न करा हम तोहरही भरोसे त आइल बाटी इहवा अउर हा इहवा हमार काम धन्धा बहुत सही चलत बा त हम दूई हजार रूपिया भेजब अपने दूसरे पूरवा के एक जनी जाए वाला बाटेन  ते

गुड्डू के बाबू जी को पत्र

प्रिय गुड्डू के बाबू                           जब से पंजाब गईल बाटा तब से कवनो हाल खबर ना बा जी तोहार लागत बा कि कुल प्यार राउर के इहवे पर बुझाला अउर पंजाब जइते सब भुला जाला हो . एक बात बताई तोहरा तनिको पता बा कि ना हम इहवा पर कैसे कैसे जिनगी काटत बाटी अउर एक राउर बाटी कि कुछ बुझात नइखे. इहवा पर सब ठीक बा. राउर बातई कि सब कैसे बा. काम धन्धा ठीक ठाक चलत बा कि ना. खाना खईले जइहा अच्छे से अबकी जब अइला त शरीरवा में कूछ रहबै न कईल ते तनी खाना पीना पर ध्यान दिहल करा न कि हरदम कमाई पर ही लागल रही एक बात जान लिहअ कि जब शरीरवा रही तबै कमाई होई अउर तबै सब पूछि नही त केव पूछत नाय इहा पर अम्मा बाउ जी के तबियत कभी कभी ना ठीक रहेला एक दिन अम्मा कहत रहनी कि देखा अबकी गुड्डू के बाबू आवेला कि न उ पूछत रहनी कि होली आवत बा त  अइबा कि ना कि उहवे पर होली दिवाली बिताइबा देखा तिव तिवहारे चलि आवल करा आशा लागल रहेला कि अइबा. हमहू तोहरे राह देखत रहीला कि अइना त तनि हमरो मन हरियर होई जाई नही त बस बनअही और खइला मे जिनगी बितत रही. अरे जब भगवान इ शरीरवा बनईले बाटेन त तोहरे के खातिर बा न हो अगर तोहई न अइबा ते हम